Showing posts with label Bhojpuri Std 1 Material. Show all posts
Showing posts with label Bhojpuri Std 1 Material. Show all posts

Sunday, December 3, 2017

सिंह औरु चूहा


एगो जंगल रहल । उ जंगल में बहुते जनावर रह तहल। जंगल में एगो सिंह रहल । ऊ त रहल जंगल के राजा। एक दिन सिंह एगो शिकारी के जाल में फँस जाला। ऊ जाल से निकले के बहुते कोशिश करेला। बकिर ऊ नँय सकेला निकले। अपन प्राण बचावे खातिर ऊ जोर-जोर से दहाड़े ला।
[ सिंह जाल में ]
सिंह – 'बचावऽ स ! बचावऽ स हमरा ! इ जाल से निकालऽ स हमरा !'
एगो बकरी उधर से गुजरऽ तहल। ऊ बकरी से विनती करेला :-
[ सिंह जाल में / बकरी ]
सिंह – 'ए बकरी बहिन, इ जाल से निकालऽ हमरा !'
बकरी जवाब देलक :-
बकरी – 'बाप रे बाप ! बाप रे बाप ! नँय ! नँय ! नँय सिंह राजा ! तूँ खा जयबऽ हमरा !'
बकरी डरते-डरते हउजा से भाग जा ला। तब एगो बानदर उधर से कूदते-कूदते आवे ला। सिंह बानदर के बोलेला :-
[ सिंह जाल में / बानदर ]
सिंह - 'ए बानदर भइया ! हमरा निकालऽ इ जाल से !'
बानदर जवाब देलक :-
बानदर – 'नँय सिंह राजा ! तूँ हौजे ठीक हवऽ !'
बानदर मुँह बिरा के कूदते-कूदते हउजा से भाग जा ला। तब एगो चूहा अपन बिल से निकलके आवेला। ऊ सिंह के बोलेला :-
[ सिंह जाल में / चूहा ]
चूहा – 'ए सिंह राजा ! इ जाल से तोहरा निकालब ! बकिर तूँ हमरा नँय खययऽ !'
सिंह – 'चूहा मामू ! तूँ बहुत छोटा हवऽ ! कैसे निकलबऽ इ जाल से हमरा ?'
सिंह के बोली चूहा मामू के तनको नँय अच्छा लगल ! ऊ न आव देखलक न ताव, झट से जाल काट देलक। सिंह जाल से तुरन्ते बाहर निकलेला। ऊ बहुते खुसी हो जा ला औरु बोलेला :-
[ सिंह जाल के बाहर / चूहा ]
सिंह – 'चूहा मामू ! छोटा समझ ली हम तोहरा ! पर तूँ ही प्राण बचयलऽ आज हमर !'
उ दिन से दुन्नों निमन संघतिया बन जालन जा।
इही खातिर बोलल जाला :-

"कबो कोय के छोटा नँय चाहिला समझेके !

छोटा से छोटा जनावर भी बड़ा से बड़ा काम सकी करे !"

Tuesday, November 28, 2017

हाँथ लऽ हाँथ दऽ

हाँथ लऽ हाँथ दऽ


     
  आवऽ घेरा बनावऽ
 नाचऽ गावऽ
खुशी  मनावऽ



हाँथ  खोलऽ

हाँथ  छोड़ऽ

जोर-जोर से ताली बजावऽ !!!



Sunday, November 26, 2017

क्रियाकलाप - चलऽ बगीचा घूमे

 

क्रियाकलाप- चलऽ बगीचा घूमे




आवऽ रोशन
शीला आवऽ
फुलवारी में
सब कोय आवऽ
एगो लाल फूल खिलल बा

                 दूगो गेंदा खूबे सुंदर बा |








आवऽ अरविन्द

आवऽ सीया 

बगीचा में 

सब कोयऽ आवऽ




 



 आम के गाँछी


खूबे भरल बा 


तूर भैया
 
तीनगो आम
 
ले दीदी
 

चारगो आम
 
मिलके खाबजा पक्कल आम !



Saturday, November 25, 2017

सब्ज़ी









हम हँय आलू


हम हँय आलू गोल गोल


केतना लेबऽ बोल बोल






  



खालऽ टमाटर हमर लाल

 तोहर गाल लाले लाल















खेत में हरियर-हरियर कदुआ 

आवऽ ले लऽ एगो बबुआ






मिरची हँय हम खूबे छोटा 

जे खाय लगी तीता 

खूबे तीता खूबे तीता 

हाय! हाय! खूबे तीता








गीत - फुलवारी


                                                                   
यूटूब High-Definition लिंक : http://youtu.be/AZPWRDFj3Pc

फुलवारी - लाल लाल फूल
फुलवारी - लाल लाल फूल...... इन्स्ट्रुमेंटल
   


लाल लाल फूल

नीला नीला फूल

पियर पियर फूल

झूलवा झूल

झूलवा झूल









एगो लाल फूल
 
दूगो नीला फूल


 तीनगो पियर फूल 


 
झूलवा झूल
   
                           झूलवा झूल



Friday, November 24, 2017

गीत चंदा मामा

(ई पृष्ठ पर 'चंदा मामा' के गीत और संगीत दोनों उपलब्ध बा !)


यूटूब High-Definition लिंक : http://youtu.be/FN8TOKxN2EY

चंदा मामा दूर (इन्स्तुर्मेंटल) Chandaa Mama (Instrumental) Please refresh your browser if the audio link does not work





        
        चंदा मामा दूर के

               पुआ पकावे गूड़ के

        तूँ खइबऽ थाली में 

               हमरा देबऽ प्याली में

        प्याली गइल टूट 

               मामा गइलन रुठ 
 
        प्याली लेलन औरु

               मामा अइलन दौड़




                 लोरी


        रे चंदा मामा 

           आरे आवऽ पारे आवऽ 

              नदिया किनारे आवऽ

                सोने के कटोरिया में

                    दूध-भात ले ले आवऽ 

    
 



बबुआ के मुँहवा में घुटूक

                      सोजा बाबू सोजा 

                          सोजा बाबू सोजा










Thursday, November 23, 2017

भोजपुरी गीत - दादा जी के पोसल-पासल



गीत
दादा जी के पोसल-पासल

                                                                  यूटूब High-Definition लिंक :http://youtu.be/F5UcRj_tAEI

 

दादा जी के पोसल-पासल ललका चिरँया

उड़ल जाला

ड़ल जाला ललका चिरँया अहो राम

उड़ल जाला












नाना जी के पोसल-पासल पियर चिरँया

उड़ल जाला

उड़ल जाला पियर पियर चोंचा अहो राम

उड़ल जाला




 
चाचा जी के पोसल-पासल हरियर चिरँया 

उड़ल जाला

उड़ल जाला हरियर हरियर तोता अहो राम

उड़ल जाला





                                                                                    

भोजपुरी लोक गीत - बाजा


भोजपुरी लोक गीत
बाजा


होली में बाजेला झाल

झन झन झन झन

ढोलक बजे चिमटा बजे

औरू बजे करताल









गीत-गवाई में

बजेला सब ताल

ढम ढम ढम ढम ढोलक

टन टन टन टन लोटा बजे


********



Wednesday, November 22, 2017

बाल गीत - रे मामा रे मामा रे.........

बाल गीत - रे मामा रे मामा रे........


रे मामा रे मामा ऑडियो



  
रे मामा रे मामा रे

 रे मामा रे मामा रे

हम त गैनी बजार में

लेवेके आलू

 आलू-वालू कुछ नै मिलल

पीछे पड़ल भालू
                         
रे मामा रे मामा रे

 रे मामा रे मामा रे
    




     रे मामा रे मामा रे 
रे मामा रे मामा रे
हम त गैनी बजार में

लेवेके गाजर

गाजर-वाजर कुछ नै मिलल

 पीछे पड़ल बान्दर

 रे मामा रे मामा रे

 रे मामा रे मामा रे


 
रे मामा रे मामा रे
úरे मामा रे मामा रे
हम त गैनी बजार में
लेवेके कदवा
कदवा-उदवा कुछ नै मिलल
पीछे पड़ल कुत्ता
रे मामा रे मामा रे
रे मामा रे मामा रे


ओका बोका तीन तोलोका - Oka Boka Teen Toloka : Traditional Bhojpuri Folk Song Game

Audio Version Download : Oka Boka Teen Toloka is a traditional BHOJPURI Folk Song Game which was played by children in the old days o...